सईयाँ जाई बसे हैं पुरुबी नगरिया - पवन कुमार मिश्र

पवन कुमार मिश्रपवन कुमार मिश्र

4 min read · 12.4K reads

सईयाँ जाई बसे हैं पुरुबी नगरिया,
मड़ईया के छवावे ननदी ।

घर में बाटी हम अकेली,
कउनो संगी ना सहेली

पापी पपिहा बोले बीचोबीच अटरिया
मड़ईया के छवावे ननदी ।

सईयाँ जाई बसे हैं पुरुबी नगरिया,
मड़ईया के छवावे ननदी ।

चारो ओर बदरिया छाई
हरियर आँगन मोर झुराई

कइसे गाई जाये सावन में कजरिया
मड़ईया के छवावे ननदी ।

सईयँ जाई बसे हैं पुरुबी नगरिया,
मड़ईया के छवावे ननदी ।

छानी छप्पर सब चूवेला
देहिया भींज भींज फूलेला

अगिया लागे तोहरी जुलुमी नोकरिया
मड़ईया के छवावे ननदी ।

सईयाँ जाई बसे हैं पुरुबी नगरिया,
मड़ईया के छवावे ननदी ।
पवन कुमार मिश्र
About the poet

पवन कुमार मिश्र

View profile & all 19 Poems / Stories

More Poetry & Stories You May Like