कलियाँ-कलियाँ कहि के नाऽही अईलें - दीपक शर्मा दीप

दीपक शर्मा दीपदीपक शर्मा दीप13 Sept 1989

4 min read · 12.4K reads

कलियाँ-कलियाँ कहि के नाऽही अईलें मोरे बालम जी
दिनवा-रतिया, सँसिया दूभर कईलें मोरे बालम जी।

हरियर-हरियर रहल करेजवा-धरती तऽ ओ दिनवा हो
फेर न सुधिया लिहलें, बंजर कईलें मोरे बालम जी।

डूबत रहलीं पकड़ि कलऽईया बाहर खीच बचऽवलें कि
छन भर नाही बीतल फिर से बोरऽलें मोरे बालम जी।

सुगना-सुगना कहि-कहि हमसे खूबय बात बनवलें जी
जाय बिदेसवा, मोर सवतिया धयिलें मोरे बालम जी।

कवनो गत तऽ नाही छोडलें, का-का पीर बतायीं हो
मंगरसूत कऽ पगहा धइ-धइ, मरलें मोरे बालम जी।

आध उमिरिया बीत गयल कि आध बचल बा रामा रे
आध-आध में पूर जिनिगिया खयिलें मोरे बालम जी।

मारय के ही रहल तऽ आखिर काहे जान बचऽयिले हो
काहे के फिर ओ दिन, हथवा धयिलें मोरे बालम जी?
दीपक शर्मा दीप
About the poet

दीपक शर्मा दीप

View profile & all 102 Poems / Stories

More Poetry & Stories You May Like