लुगऽरिया छीन लिहलस - दीपक शर्मा दीप

दीपक शर्मा दीपदीपक शर्मा दीप13 Sept 1989

4 min read · 12.4K reads

लुगऽरिया छीन लिहलस
समय पपिया ए राम...
लुगऽरिया छीन लिहलस
समय पपिया ए राम...
पहिले-पहिलवाँ त् धोतिया लिअउलस
हिरवा के मोतिया के गुरिया जड़उलस
सोनवा के तरवा से अँचरा पिरउलस
मोहे अभागिन के रनिया बनउलस...

ना जाने फिर का भयल एक दिनवा
धोतिया पकरि मोरी खीचत जोबनवा
नोचत-पटकत रे पपिया धधायल
रनिया के लोरवा न चूअत देखायल

सउऽनत-सउऽनत करऽत दुरगतिया
तनिखो न लाजऽ सरम नाही पपिया
सोनवा की मोतिया की सुग्घर सी धोतिया
अइँठत-अइँठत लुगरी बनउलस...

तउनो पे नाही रे भुखिया मिटायल
तनवा से लुगरी के लिहले परायल
मोहे, अभागिन अउरो बनउलस
समय पपिया ए राम....
लुगऽरिया छीन लिहलस
समय पपिया ए राम...
लुगऽरिया छीन लिहलस
समय पपिया ए राम...
दीपक शर्मा दीप
About the poet

दीपक शर्मा दीप

View profile & all 102 Poems / Stories

More Poetry & Stories You May Like