हे गंगा माई मोहे बांझ बनइह - प्रमोद कुमार तिवारी

प्रमोद कुमार तिवारीप्रमोद कुमार तिवारी21 Sept 1976

3 min read · 12.4K reads

हे गंगा माई मोहे बांझ बनइह
गोड़ पकड़ के रोईं बिटिया न दीह....

लड़िकन के आगे रही टुअरी ए माई
सूखले ऊ रोटी घोंटी दूध खायी भाई
बिटिया देवे से पहिले मोहे बाउर बनइह...

कइसे अपने बबूनी के दूध में डुबाइब
हम भला कइसे जियब जहर चटाई
एक वर माई मांगे, तू ही मार दीह...

जग के अजब रीति मोहे ना सोहाला
लछमी आ देवी कहत तनिक ना लजाला
ए विदमानन के बुद्धि ज्ञान दीह...
गोड़ पकड़ के रोईं...
प्रमोद कुमार तिवारी
About the poet

प्रमोद कुमार तिवारी

View profile & all 44 Poems / Stories