नासदीय सूक्त, ऋग्वेद - 10 - 129 - 6 - कुमार मुकुल

कुमार मुकुलकुमार मुकुल2 Sept 1966

2 min read · 12.4K reads

उ प्रकृति तत्‍व के
के जानेला
के ओकर बर्नन करी
कि आख्रिर
कवना कारण से
इ सृष्टि
कइसे आकार लेलक
देवतो लोग
इ सृष्टि के बादे
आकार लेले बाड़न
ए से
के बता सकेला
कि इ सृष्टि कैइसे भइल ॥6॥

को आद्धा वेद क इह प्र वोचत्कुत आजाता कुत इयं विसृष्टिः।
अर्वाग्देवा अस्य विसर्जनेनाथा को वेद यत आबभूव ॥6॥
कुमार मुकुल
About the poet

कुमार मुकुल

View profile & all 131 Poems / Stories