तोहपर हम अधिकार जतावे
आपने दिल क हाल बतावे
जब-जब भी तू मना करेलू
एहर-ओहर क बात बना के
चल आइला तोहे सातवे
अधर पे तोहरे गजब क मुस्की
जईसे प्यार क खुला ब्यान
अंखीयन क हई शोख इशारा
खिंच रहल बा हम्मर ध्यान
ध्यान धीर धड़कन क धुन में
दान धर्म उपकार क पुन में
सामाधान उलझन क हमरे
तू हमरे मन क हर चिंतन में..✍️आयुष्मान किरन
