जब से चल गईलू तूँ's image
265K

जब से चल गईलू तूँ

शहनाई ना सहाला.. जबसे चल गईलू तूँ,

रोआई ना रोकाला ..जबसे चल गईलू तूँ |

हमके जोगिया बनाके,

हमके रोगिया बनाके बदल गईलू तूँ,

दवाई ना घोंटाला ..जब से चल गईलू तूँ |

शहनाई ना सहाला....


लोगवा पागल कहेला,

हमार बात ना सहेला,

जाने का बात बा की,

हम के मारेला ढेला ,

परछाईं ना भेटाला ..जब से चल गईलू तूँ |

शहनाई ना सहाला.

Tag: Kavishala और2 अन्य
Read More! Earn More! Learn More!