चूल्हा रोये चक्की रोये,
डेहरी करे आवाज।
मरद बेरोजगारी से रोये,
मेहरी रहे नाराज।
गैस त मिलल सरकारी बा,
भरवावल बड़की बीमारी बा।
नमक प्याज में कटत रहे,
लेकिन उहो दुश्वारी बा।
बाबा हो इ कईसन नेता,
कहे की हम हईं सबके बेटा।
जीतते चुनाव अईसन बउराइल,
पूछे सबसे तुं केकर बेटा।
अदमी के आदमी मारे,
आदमी के मारे सरकार।
जाती पाँती के चले लड़ाई,
न बुझे केहू ब्यवहार।
- रविन्द्र राजदार / @RavindraRajdar 

