लहर लहर लहराय हो हमरे झंडा तिरंगा
ओही रे तिरंगा में बसेला हमरे मनवा
बसेला मोरे मनवा रमेला मोरे मनवा
एकरे खातिर न्योछावर बा परान हो !
लहरेला तिरंगा ..
तीनि सौ सत्तर के कलंक मिटल बा
लाल चौक पे तिरंगा फहरल बा
देखि दुश्मन होगइलें परेशान हो
लहरेला तिरंगा ..
लहर लहर लहराय हो...
जनता अभय भइल देश अगराइल !
आज कश्मीर के छाती जुडाइल !
सबके मिलि गइलें अवसर हजार हो
लहरेला तिरंगा ....
लहर लहर लहरायल हो
घर-घर में तिरंगा...
जम्बू हँसेला लद्दाख हँसेला
देश हँसेला विदेश हँसेला
देखि-देखि दुश्मन के छाती जरेला
जनता के मिलल अधिकार हो
लहरेला तिरंगा .....

