हिदू मुस्लिम सिख ईसाई
आपस में सब भाई भाई
एकता ही हमनी के ईमान बा भाई हो
एकता ही देश के प्राण बा भाई हो
भारत से बढ़िया भला कहां कौनो देस बा
इहँवा के धरती के भाग्य केतना टेस बा
इहाँ हर धरम के इंसान बा भाई हो
कारण मंदिर मस्जिद के आपस में लड़ जाइले
बदमस्वा लफेरिया के झांसा में पड़ जाइले
बच के रहा ससुरा शैतान बा भाई हो
उजर उजर बगुला जैसन पहिर के कपड़ा
जाल में फंसा के मारे अइसन जैसन मकड़ा
धोती टोपी वाला सब बईमान बा भाई हो
लामा लामा बात करे एकता की खातिर
जहाँ कहीं बात आवे जनता की खातिर
ससुर पहिले ही दांव में उबान बा भाई हो
माथा पर त्रिपुंड और छज्जा जैसन दाढ़ी
जहां रही मटिये में एकता के गाड़ी
ईहे नरपिशाच के पहचान बा भाई हो
आवा आज हमनी के परण एगो करीं
हिन्दू मुस्लिम भाई भाई आपस में न लड़ीं
एकता में हमनी के कल्याण बा भाई हो