हमरा पढें में मन ना लागे हम का करी।

माई से बतावे में बहुत हम डरीं।


कहेले माई की बबुआ पढ़ लअ।

जिंनीगी पढ़ाई से बा ई बात दिल में गढ़ ल।



लेकिन उ ई बात ना समझे।

पढ़त नईखीं हम कब से।


पढेनी त नींद आवेला।

फिल्म देखल मन के भावेला।


रातों भर जाग जाइम हम फोन पर बतियाके।

पढे ना आवेला हमरा एक जगह मन लगाके।


माई के आसारा सुन हमरो दिल रोए ला।

हमरा में ताकत नईखे किताब के बोझढोएला।



सोचतानी कुछ बिजनेस करके कमाई।

माई के सपना माटी में ना मिलाई।