जब तु जिंदा रहअ

सब गोतिया अउर गांव आपन लागत रहे।

तोहरे नाम से हमरो के सब लोग जानत रहे।

तोहरा करनी से हमहूं इज्जत पावतानी ।

तू जब नईख, अकेला में वक्त बितावतानी।

समाज में के का बा

ई बात जेहन में बइठावतानी।


तू रह त

ई सब सोचे के ना रहे

सब अच्छा लागत रहे

चाहे कुछुओ केहु कहे ।


कबो जब हम छिंक दिहनी

तहारा नींद ना आवत रहे

लेकिन तू जब खटिया पर रह

हमरा दोसर जिम्मेदारी याद आवत रहे ।


तू त चल गईलअ

जिंदगी जिए के सिखा के

अपना होखे के

छोट-बड़ याद हमनी के बीच बसा के ।


हो गईलअ तू स्वर्ग के वासी

भूली चुकी सब माफ कर दीह

हम चाहे जब कोई काम करीं

पहिले जाईसन ही साथ दीह।