रमेश चन्द्र झा ( किरन जीत गइल )'s image
388K

रमेश चन्द्र झा ( किरन जीत गइल )

जिनगी के एक लहर बीत गइल

हार गइल घोर अंधकार, किरन जीत गइल।

बदल गइल रंग, आज रंग असमान के,

निखर गइल रूप, रूप साँझ के, बिहान के,

सिहर गइल तार, हर सितार का बितान के,

आग भइल चिनगी से, साध जुगल जिनगी के

बिखर गइल हर सपना, अधरन से गीत गइल। जिनगी....


बदल गइल परिभाषा आज शूल-फूल के,

रूप आसमान चढ़ल बाग का बबूल के,

Tag: poet और2 अन्य
Read More! Earn More! Learn More!