![रुपिया's image](https://kavishala-ejf3d2fngme3ftfu.z03.azurefd.net/kavishalalabs/post_pics/%40dhirendra-panchal/None/1639449425287_14-12-2021_08-07-33-AM.png)
रुपिये बतावेला रुपिया क ताकत ।
रुपिये मोहब्बत क दर्जा गिनावत ।
रुपिये बतावेला के हउवे आपन ।
के हव बेगाना आ केके जरापन ।
ई बहुतै बड़ा मरकहा हउवे बाबू ।
ई रुपिया बड़ा बतकहा हउवे बाबू ।
रुपिये ह बाऊ के मोछि क शान ।
मेहरी के माथे क सेन्हुर बखान ।
रुपिये से माथे प मउर बन्हाला ।
गाढ़े में दाम लेहि दुलहा बिकाला ।
बिना कतल क असलहा हउवे बाबू ।
ई रुपिया बड़ा बतकहा हउवे बाबू ।
रुपिया ह सरहज क मीठा चिकोटी ।
ना मिली त गाल साली बकोटी ।
रुपिये ह गोती दयादन क भाषा ।
सबके सटावेला पजरे जस लासा ।
कुक्कुर से बड़ कटहा हउवे बाबू ।
ई रुपिया बड़ा बतकहा हउवे बाबू ।
भउजी के फूलल ई नाक पचकावे ।
Read More! Earn More! Learn More!