अइसे ना उकेरीं हाई जिनिगी के खोल के ।।

ए हो सरकार बढ़े दाम पेटरोल के ।

ए मोदी बाबा बढ़ता दाम पेटरोल के ।


महँगा अनाज भइल खरी तेल खार में ,

नन्हका का खाई खइहें गोरुआ उधार में ,

पियल जाई सतुआ का मोबिल में घोल के ।

ए हो सरकार बढ़े दाम पेटरोल के ।

ए मोदी बाबा बढ़ता दाम पेटरोल के ।


दवा बिनु होत नइखे दुआ कुबूल हो ,

डकटर झटक देता बोले जुलूल हो ,

केहू नइखे बुझे वाला जिनिगी के मोल के ।

ए हो सरकार बढ़े दाम पेटरोल के ।

ए मोदी बाबा बढ़ता दाम पेटरोल के ।


घीव भात खाला केहू जिये उपास में ,

केहू बतलावे खूब प्रोटीन बा मास में ,

संसद में बईठ केहू आँकेला झोल के ।

ए हो सरकार बढ़े दाम पेटरोल के ।

ए मोदी बाबा बढ़ता दाम पेटरोल के ।


केहू चनरमा के भुइयां उतारेला ,

मंगल पर जीवन ह जंगल के जारेला ,

हमनी पे बात दिल कइला ना खोल के ।

ए हो सरकार बढ़े दाम पेटरोल के ।

ए मोदी बाबा बढ़ता दाम पेटरोल के ।


✍️ धीरेन्द्र पांचाल