बिहार में चुनाव बा

हां भैया, बिहार में चुनाव बा

पांच साल ना दर्शन देहलन

पांच साल के बाद ही अइलन

काम ना एक्को करवाई पवलन

फिर भी बढ़ल उनकर भाव बा

बिहार में चुनाव बा


खींस निपोरिहन, पांव पकरिहन

देख देख के दांत चियरिहन

बूढ़ा, बच्चा, महिला अउर जवान से

अइसे देखइहं, जईसे बहुते जुड़ाव बा

काहें कि बिहार में चुनाव बा

बिहार में चुनाव बा


अबकी अइहं, वोट भी मंगिहन

जगहीं जगहीं नोट ऊ बटिहन

काम का लंबा चौड़ा वादा कइके

फिर से ना ऊ दर्शन दिहन

तब्बो, अबकी देवे का ना भाव बा

काहें कि भैया बिहार में चुनाव बा